Sarkela Chunari ("Bhojpuriya Raja")

मस्त पवन बहकावे, पायलिया शोर मचावे
रिमझिम बरसे पानी, तुम उनमें आग लगावे

होखे ना जवनिया सम्हार, सरकेला चुनरी
हाँ, होखे ना जवनिया सम्हार, सरकेला चुनरी

बगिया के मोर, शोर गजबे मचावे लऽ
पपिहा के बोली, मोरा मन के ना भावे लऽ
हाय, बगिया के मोर, शोर गजबे मचावे लऽ
पपिहा के बोली, मोरा मन के ना भावे लऽ

धक-धक दिल धड़कावे पतझड़ में गीत सुनावे
बोले रे तू, मस्तानी, "भँवरा कलियन पे भावे"

कजरा भईल रे कटार, सरकेला चुनरी
हाँ, होखे ना जवनिया सम्हार, सरकेला चुनरी

सखिया, रे, सखिया, जवानी काहे आई? (अ-हा)
सिहोरे बदन, लेत जबन अँगड़ाई (ओ-हो)

रूपवा सुहाना मोर, बानी कचनार रे
सूरज लजा लऽ, देखी सोरहो सिंगार रे
हाँ, रूपवा सुहाना मोर, बानी कचनार रे
सूरज लजा लऽ, देखी सोरहो सिंगार रे

दिल में प्रीत जगावे, तन व्याकुल चैन ना पावे
भईनी प्रेम दीवानी, केहु आके प्यास बुझावे

खनकेलऽ कंगना हमार, सरकेला चुनरी
हाय, होखे ना जवनिया सम्हार, सरकेला चुनरी



Credits
Writer(s): Madhukar Anand
Lyrics powered by www.musixmatch.com

Link