Sahar Ghumval

का हो, धनिया, ई हमार Banaras सहरिया कइसन लागत बा?
अबहीं कहाँ पूरा घुमनीं, कुछऊ तो हमरा के आप ना देखइनी
बाबा विश्वनाथ जी के दर्शन कइलू, मानस मंदिर देखलू
संकट मोचन आ गंगा मइया के दर्शन कइलू (hmm)
जियरा ना जुड़ाइल? पेट ना बुझाइल?
Huh, अभी ना बड़ी गर्मी बा हो
आ, गर्मी बा! का कमी बा हो, बतावऽ?

सहर घुमवलऽ, हो, सहर घुमवलऽ
खूबे रसगुल्ला तू हमके खियवलऽ
सहर घुमवलऽ, हो, सहर घुमवलऽ
खूबे रसगुल्ला तू हमके खियवलऽ

राजा, चटवलऽ चाट-छोला
बलम, बड़ी गर्मी त होला
राजा, चटवलऽ चाट-छोला
बलम, बड़ी गर्मी त होला
हमके पिया द Coca-Cola
बलम, बड़ी गर्मी त होला

सहर घुमवलऽ, हो, सहर घुमवलऽ
खूबे रसगुल्ला तू हमके खियवलऽ
सहर घुमवलऽ, हो, सहर घुमवलऽ
खूबे रसगुल्ला तू हमके खियवलऽ

राजा, चटवलऽ चाट-छोला
बलम, बड़ी गर्मी त होला
राजा, चटवलऽ चाट-छोला
बलम, बड़ी गर्मी त होला
हमके पिया द Coca-Cola
बलम, बड़ी गर्मी त होला
हाँ, बलम जी

दर्जन फुचकी से ना घबड़इनी हाँ
Bread पकौड़ा और पकौड़ी खइनी हाँ
दर्जन फुचकी से ना घबड़इनी हाँ
Bread पकौड़ा और पकौड़ी खइनी हाँ

डोसा, समोसा मिलल भरपूरा
चाय special के तुर दिहनी धूरा
डोसा, समोसा मिलल भरपूरा
चाय special के तुर दिहनी धूरा

जल्दी से किनऽ Hajmola
बलम, gas भीतरी त होला
जल्दी से किनऽ Hajmola
बलम, gas भीतरी त होला
राजा, चटवलऽ चाट-छोला
बलम, बड़ी गर्मी त होला

Beauty parlour में बाल कटी, सइयाँ
राखीं साध हमार, ना पीछे हटीं, सइयाँ
Beauty parlour में बाल कटी, सइयाँ
राखीं साध हमार, ना पीछे हटीं, सइयाँ

Picture देखाइल आ photo खींचाइल
नवका design के sandle किनाइल
Picture देखाइल आ photo खींचाइल
नवका design के sandle किनाइल

साबुन-soda से भरे झोला
बलम, बड़ी गर्मी त होला
साबुन-soda से भरे झोला
बलम, बड़ी गर्मी त होला
राजा, चटवलऽ चाट-छोला
बलम, बड़ी गर्मी त होला
हाँ, राजा जी

मौसम्मी, अनार, सेब बा अंगूर
और दसहरी आम, केला बा भरपूर
मौसम्मी, अनार, सेब बा अंगूर
और दसहरी आम, केला बा भरपूर

Juice पियवलऽ तू, राजा जी, खाँटी
Litchi, नासपाती के बाँध दिहलऽ गांती
Juice पियवलऽ तू, राजा जी, खाँटी
Litchi, नासपाती के बाँध दिहलऽ गांती

पिया मधूसूदन, तू झरेला
बलम, बड़ी गर्मी त होला
राजा, चटवलऽ चाट-छोला
बलम, बड़ी गर्मी त होला
हमके पिया द Coca-Cola
बलम, बड़ी गर्मी त होला

सहर घुमवलऽ, हो, सहर घुमवलऽ
खूबे रसगुल्ला तू हमके खियवलऽ
सहर घुमवलऽ, हो, सहर घुमवलऽ
खूबे रसगुल्ला तू हमके खियवलऽ

राजा, चटवलऽ चाट-छोला
बलम, बड़ी गर्मी त होला
राजा, चटवलऽ चाट-छोला
बलम, बड़ी गर्मी त होला
राजा, चटवलऽ चाट-छोला
बलम, बड़ी गर्मी त होला

उफ्फ! हाय, राजा जी



Credits
Writer(s): Piya Madhusoodan, Aabid Zamal
Lyrics powered by www.musixmatch.com

Link