Banal Rahe

बरत कइनी, भुखनी कइगो सोमार, ए, भोला
तबे पौनि अइसन दुलहा दिलदार, ए, भोला
हाँ, बरत कइनी, भुखनी कइगो सोमार, ए, भोला
तबे पौनि अइसन दुलहा दिलदार, ए, भोला

बनल रहे असहीं सेनुरा, सिंगार, ए, भोला
बनल रहे असहीं सेनुरा, सिंगार, ए, भोला

तोहसे बिनती करिलें बार-बार, ए, भोला
कुसल-कुसल रखिहऽ घर-परिवार, ए, भोला

बनल रहे असहीं सेनुरा सिंगार, ए, भोला
बनल रहे असहीं सेनुरा सिंगार, ए, भोला

धड़कन, परान हम त पिया जी के जानीं ले
हम त भगवान अपने राजा जी के मानीं ले
हाँ, जइसे रहिंले, रउवा, गौरा जी के साथ में
वइसे रहे हाथ हमर बलमु के हाथ में

जब ले चाँद-सूरज करे उजियार, ए, भोला
जब ले बहे गँगा-जमुना के धार, ए, भोला

बनल रहे असहीं सेनुरा सिंगार, ए, भोला
बनल रहे असहीं सेनुरा सिंगार, ए, भोला

थाली में सजा के अइनी रोरिया, चननवा
फल, बेल-पतरी से करिलें पुजनवा
हाँ, जिनिगी में हमरे पिया फूल जइसे महके
सगरो उमिरिया बलम हर-दम चहके

हो, याद रखिहऽ कइल अरजी हमार, ए, भोला
होई हमरा पे बड़ा उपकार, ए, भोला

बनल रहे असहीं सेनुरा सिंगार, ए, भोला
बनल रहे असहीं सेनुरा सिंगार, ए, भोला



Credits
Writer(s): Chote Baba, Pyare Lal Yadav
Lyrics powered by www.musixmatch.com

Link