Jaisan Sochale Rahani Aisan

जइसन सोचले रहनी अईसन धनिया मोर बाड़ी
साँवर ना गोर बाड़ी हो
जइसन सोचले रहनी अईसन धनिया मोर बाड़ी
साँवर ना गोर बाड़ी हो
थोड़े छरहर पातर मोट, थोड़े थोर बाड़ी
साँवर ना गोर बाड़ी हो
जइसन चहले रहनी ओईसन पियवा मोर बाड़ऽ
साँवर ना गोर बाड़ऽ हो
थोड़े छरहर पातर मोट थोड़े थोर बाड़ऽ
साँवर ना गोर बाड़ऽ हो
जइसन सोचले रहनी अइसन धनिया मोर बाड़ी
साँवर ना गोर बाड़ी हो
बाटे गोरे गोरे गाल कोमल ओठ लाले लाल
हसेली तऽ गालिया पऽ होला ईचिकासा लाल
हां बड़ा नीक लागेला बलम जी के बोलिया
जबसे ले आइले बाड़ऽ अपन घर डोलिया
बनके हमारा जिनगी
बनके हमारा जिनगी में आईल अँजोर बाड़ऽ
साँवर ना गोर बाड़ऽ हो
जइसन सोचले रहनी अईसन धनिया मोर बाड़ी
साँवर ना गोर बाड़ी हो
दिलवाक़े हाल हमसे कहलो ना जाला
धरेला कलाई तऽ देह सिहराला
सजके सेजरिया पऽ जब गोरी बइठेली
रही रही देहिया आपन जे अईठेली
बाटे ज़ुलम जवानी, बाटे ज़ुलम जवानी
चंदा के चकोर बाड़ी
साँवर ना गोर बाड़ी हो
हो जइसन चहले रहनी ओईसन पियवा मोर बाड़ऽ
साँवर ना गोर बाड़ऽ हो



Credits
Lyrics powered by www.musixmatch.com

Link