Bhola Bam Lahri

तीन लोक में फहरे बाबा सबसे ऊपर धाजा
सब देवन में महादेव तूं राजा आ महराजा
भोला बम लहरी बम बम लहरी
भोला बम बम बम भोला बम लहरी
भोला बम लहरी भोला बम लहरी
भोला बम बम बम भोला बम लहरी

जटा बीच गंगा के धारा माथे चंदा सोहे
अंगे अंगे भस्म रमवले तीनो लोक के मोहे
जटा बीच गंगा के धारा माथे चंदा सोहे
अंगे अंगे भस्म रमवले तीनो लोक के मोहे
बइठ के नन्दी एक दिन हमरा घरवा में आजा
भोला बम लहरी बम बम लहरी
भोला बम बम बम भोला बम लहरी
भोला बम लहरी भोला बम लहरी
भोला बम बम बम भोला बम लहरी

कबहूँ कासी कबहूँ नेपाले कबहूँ तूं कैलासे
सावन मासे हरदम बाबा देवघर धाम बिराजे
कबहूँ कासी कबहूँ नेपाले कबहूँ तूं कैलासे
सावन मासे हरदम बाबा देवघर धाम बिराजे
दुअरा तोहरे सब तरिजाये रंक हो या कोई राजा
भोला बम लहरी बम बम लहरी
भोला बम बम बम भोला बम लहरी
भोला बम लहरी भोला बम लहरी
भोला बम बम बम भोला बम लहरी

गणपति कार्तिक आँख के तारा गउरी मइया प्यारी
नाग मोर आ मूसा बरद सब में रहे इयारी
गणपति कार्तिक आँख के तारा गउरी मइया प्यारी
नाग मोर आ मूसा बरद सब में रहे इयारी
एह कलजुग में सारी दुनिया अइसने बना जा
भोला बम लहरी बम बम लहरी
भोला बम बम बम भोला बम लहरी
भोला बम लहरी भोला बम लहरी
भोला बम बम बम भोला बम लहरी



Credits
Writer(s): Braj Kishor Dubey
Lyrics powered by www.musixmatch.com

Link