Chhathi Maai

गंगा जी के पनिया ऊपर

गंगा जी के पनिया ऊपर
ललकी किरिनिया झलके
अइले सुरुजमल घोड़वा के रथ चढ़ी के
अइले सुरुजमल घोड़वा के रथ चढ़ी के
चहकेले चिड़ा चिरई हरसे ले बरती हो
अरघ दियाई देव के जोड़े कलसुप लेके
अरघ दियाई छठी माई जोड़े कलसुप लेके

गाँवे शहर होखे छठ के बरत हो
अँगना दुवार सजल सजल सगरो घाट हो

गाँवे शहर होखे छठ के बरत हो
अँगना दुवार सजल सजल सगरो घाट हो
रहिया निहारताटे

रहिया निहारताटे सज के अबीर से
अरघ देबे जईहे लोगवा माथे दऊरा लेके
अइहे सुरुजमल घोड़वा के रथ चढ़ी के

जोड़े जोड़े नारियर केरा के घवदवा
गईया के दुधवा से देहब हम अरघवा

जोड़े जोड़े नारियर केरा के घवदवा
गईया के दुधवा से देहब हम अरघवा
आँचरा पसारी तिवई

आँचरा पसारी तिवई मांगतारी भीख हो
रखिह सलामत आदित सोरहो श्रृंगार के
रखिह सलामत आदित सोरहो श्रृंगार के



Credits
Writer(s): Geetanjali Tiwari, Jai Kishor Tiwari, Sumit Jha
Lyrics powered by www.musixmatch.com

Link