Ghatiye Swarg Lagela

जगमग करऽ ताटे चारू ओरी बटिया
झूमी-झूमी गावे सभे गीतिया
दुनिया में छठी माई के महिमा अलग लागे

घटिये सरग लागे
(घटिये सरग लागे)
घटिये सरग लागे
(घटिये सरग लागे)

हरी-हरी बँसवा के दउरा बिनाइल
पियरे-पियरिया में सभे बा रंगाइल
खाड़ बाड़े लेके कल-सुपवा
सुरुज देव के निरखेला रूपवा

कोमल करेजवा बा कठिन बरतिया
भगती में बीते दिन-ओ-रतिया
भीड़ बड़ी दीनानाथ के देवेला अरघ लागे

घटिये सरग लागे
(घटिये सरग लागे)
घटिये सरग लागे
(घटिये सरग लागे)

सचहीं में बाटे ई देसवा महान
आदित बाबा के लोग माने भगवान
माथे बहँगी के ताज
बाटे रितिया-रिवाज

छठी मइया नीयनी, हाँ, केहू नइखे दूजा
सीता मइया कइली जेकर पूजा
इनके सेवा में Pawan, Bos संगे जग लागे

घटिये सरग लागे
(घटिये सरग लागे)
घटिये सरग लागे
(घटिये सरग लागे)



Credits
Writer(s): Sargam Akash
Lyrics powered by www.musixmatch.com

Link